26 जनवरी

26 जनवरी 
तर्ज- सोहर

आज बाटे 26 जनवरी,
गणतंत्र दिवस देशवा क ना।
भइया चारों ओरी लहरे तिरंगवा,
समूचा गगनवां में ना।।

खिल गइले फूल सब बगिया में,
खिल गइले दिल सबके ना।
भइया खिल गइले उजली किरनियां,
आज के शुभ दिनवां हो ना।।

खुशहाल बाटे सब लोगवा,
खुशहाल आज धरती बा ना।
भइया खुशी-खुशी बोलेला विहगवा,
पवन बहे सुन्दर ना।।

लोग दें एक दूजे के बंधइया,
बंधइया बाजे घर-घर ना।
दिन हौ आज ऊ जब लागू संविधानवा,
आजाद भारत भइले हो ना।।
   
रचयिता
अरविन्द कुमार सिंह,
सहायक अध्यापक,
प्राथमिक विद्यालय धवकलगंज, 
विकास खण्ड-बड़ागाँव,
जनपद-वाराणसी।

Comments

Total Pageviews